Showing posts with label बिहाल. Show all posts
Showing posts with label बिहाल. Show all posts

10/17/21

मनवा रहे खुशहाल- लोगवा होखेला निहाल- पी एन पाठक

*शुभबिहान*



रतिया बीतल तऽ झट देनी भोर हो गइल।

पौ के फटते हो  दुनिया अंजोर हो गइल।।


जब  होखे  भिनुसार-

बहे   निरमल  बयार-

पौ   फटते   ही कगवा  के शोर हो गइल-

रतिया बीतल••••••••


मनवा   रहे   खुशहाल-

लोगवा होखेला निहाल-

कोर लाल देख  दुनिया विभोर हो गइल-

रतिया बीतल••••••


खेत   गइलें किसान-

गइया रांभेले बथान-

जागि गइले  जवार जग में शोर हो गइल-

रतिया बीतल••••••

यदि आप भी अपनी रचना प्रकाशित करवाना चाहते हैं या अपनी प्रस्तुति Sahitya Aajkal की Official Youtube से देना चाहते हैं तो अपनी रचना या वीडियो टीम के इस व्हाट्सएप नंबर 7562026066 पर मैसेज कर सम्पर्क करें।


खुलल कोट कचहरी-

लोग काम  करे  बहरी-

राति हो गइले प्रात तबसे होड़ हो गइल-

रतिया बीतल•••••••


लागे   सभ अनुकूल-

बबुआ जाई इसकूल-

अब बीति गइले रैन दिन  गोर  हो गइल-

रतिया बीतल•••••••


धनी   कूटेली   धान

सजना  मारे  मुसुकान-

मनुहार अउ  बहार  पोरे पोर  हो गइल-

रतिया बीतल•••••••


पी एन पाठक

ग्राम+पोO-सैंसड़

थाना - दिनारा 

जिला-रोहतास (बिहार)

Sahitya Aajkal:- एक लोकप्रिय साहित्यिक मंच 👇💞 Sahitya Aajkal Youtube Channel link plz Subscribe Now ...💞👇Sahitya Aajkal Youtube से जुड़ने के लिए यहाँ click करें

 ...Subscribe Now... 

यदि आप भी अपनी रचना प्रकाशित करवाना चाहते हैं या अपनी प्रस्तुति Sahitya Aajkal की Official Youtube से देना चाहते हैं तो अपनी रचना या वीडियो टीम के इस Whatsapp न0- 7562026066 पर भेज कर सम्पर्क करें।

कवि सम्मेलन की वीडियो देखने के लिए यहाँ क्लिक करें